Monday , April 29 2024

क्वांटम एनर्जी आपन नयका ‘प्लाज्मा एक्स’ अउर ‘एक्सआर’ इलेक्ट्रिक स्कूटर पेश कर रहल बा

ई लाजवाब ऑफर 31 मार्च 2024 तक मान्य बा

पटना : इलेक्ट्रिक स्कूटर के डिजाइन करे के साथे-साथे ओकर विकास अउर निर्माण करे में महारथ राखे वाली एगो प्रमुख इलेक्ट्रिक वाहन (ईवी) स्टार्टअप क्वांटम एनर्जी, बहुत रोमांच के साथ आपन सबसे नया इलेक्ट्रिक स्कूटर मॉडल ‘प्लाज्मा एक्स’ अउर ‘एक्सआर’ सीमित समय के ऑफर के घोषणा कर रहल बा। इको-फ्रेंडली परिवहन समाधान के बढ़त मांग के पूरा करे के कोसिस में, क्वांटम एनर्जी अपना प्लाज्मा एक्स अउर एक्सआर मॉडल के दाम में 10% के कटौती करे के फैसला कईले बा। पहिले 1,19,525 रुपया अउर 99,757 रुपया के एक्स-शोरूम के कीमत वाला प्लाज्मा एक्स अउर एक्सआर के अब क्रमशः 109,000 रुपया अउर 89,000 रुपया के लुभावन कीमत प खरीदल जा सकेला। ई लाजवाब ऑफर 31 मार्च 2024 तक मान्य बा।

प्लाज्मा एक्स अउर एक्सआर इलेक्ट्रिक स्कूटर के इंजीनियरिंग अइसन कईल गईल बा जवना से कि ओकर सवारी के सहज आ आरामदायक बनावल जा सके अउर साथे-साथे इहो धियान दिहल गइल बा कि पर्यावरण के स्थायित्व के कवनो नोकसान ना होखे। 1500W के शक्तिशाली मोटर अउर 60V 50Ah लिथियम-आयन बैटरी से लैस प्लाज्मा एक्स मात्र 7.5 सेकंड में 0 से 40 किमी/घंटा तक के रफ्तार पकड़ सकेला अउर एकर अधिकतम गति 65 किमी/घंटा ह अउर एक बार चार्ज कइला पS ई 110 किमी के दूरी तय क सके ला। एकरा अलावे, सवार दुगो ड्राइव मोड यानि कि ‘इको’ अउर ‘स्पोर्ट्स’ के बीच चुनाव क सके ले, जवना में कीलेस (बिना चाभी के) स्टार्ट अउर रिवर्स गियर फीचर के सुविधा भी बा। एही तरे, 1500W के मोटर से चलेवाली प्लाज्मा एक्सआर एक बार चार्ज कइला पS 60 किमी/घंटा के टॉप स्पीड अउर 100 किमी के रेंज देवेला। दुनो मॉडल रोज आवे-जाए वाला लोग जइसे कि कॉलेज के छात्र, ऑफिस जाए वाला कर्मचारी अउर गिग वर्कर के खातिर बहुते बढ़िया बा।

क्वांटम एनर्जी लिमिटेड के प्रबंध निदेशक चक्रवर्ती सी. एह विशेष ऑफर खातिर आपन उत्साह जतवले आ कहले कि, “प्लाज्मा मॉडल पS हमनी के सीमित ऑफर पेश करे के मकसद खाली एकर दाम कम कइल आ एकर बिक्री बढ़ावल ना ह; ई ऑफर एहसे दीहल गइल बा ताकि हमनी के आपन ग्राहक के क्वांटम एनर्जी के साथे आपन खोज के सफर पर निकले खातिर आमंत्रित क सकीं जा। हमनी के एह मौका के बढ़ावे खातिर रोमांचित बानी जा जवना से उ लोग हमनी के प्लाज्मा मॉडल के अत्याधुनिक तकनीक अउर बेजोड़ प्रदर्शन के खुद अनुभव क सके ला लोग। हमरा पूरा भरोसा बा कि एहसे ओह लोग के चेहरा पS खूब बड़का मुस्कान आई जे सही मायने में हमनी के प्लाज्मा मॉडल लीहल चाहेला। ई हमनी के अपना वफादार समर्थकन खातिर आपन आभार व्यक्त करे आ क्वांटम एनर्जी परिवार में नया शौकीन लोगन के स्वागत करे के तरीका ह.”

इच्छुक खरीददार, क्वांटम एनर्जी के वेबसाइट पS जा के ऑनलाइन टेस्ट सवारी शेड्यूल क सकेले भा पूरा भारत में स्थित एकर कवनो शोरूम में भी जा सकेले। हर क्वांटम एनर्जी के शोरूम एगो व्यापक 3एस (3S) सुविधा के तौर प काम करेला जेहमे बिक्री (Sale), सेवा (Service), आ स्पेयर पार्ट्स (Spare parts) के सुविधा दिहल जाला। एहसे ग्राहकन के निर्बाध आ संतोषजनक सेवा सुनिश्चित होला। एह तरह के सेवा, इलेक्ट्रिक वाहन उद्योग में ग्राहकन के संतुष्टि आ उत्कृष्टता खातिर क्वांटम एनर्जी के अटूट प्रतिबद्धता के दोबारा से पुष्टि करे ला।